राष्ट्र पिता महात्मा गांधी जयंती
दो अक्टूबर आइल,
गांधी जयंती छाइल,
जय हो बापू जय हो,
ओ बापू बापू भाइल,
राष्ट्र पिता बापू जी,महान हउवें।
पूरे भारत देशवा के,शान हउवें।।
सत्य, अहिंसा, पुजारी रहले गांधी,
गोरे अंगरेजवन के, झेले उ आंधी,
कई बार जीवन में, गइले उ जेल हो,
तबो नाही मिशन में,भइले उ फेल हो,
सत्याग्रह आन्दोलन छेड़, आगे कदम बढ़ाए,
अंग्रेजो तुम भारत छोड़ो,नारा पे लोग चढ़ाए,
जन जन के प्रेरक बापू, मान हउवें।
पूरे भारत देशवा के, शान हउवें।।
चरखा चला बापू,लाये कपड़े खादी,
अथक परिश्रम कर,दिलाए आजादी,
एकता के सूत्र बांध,रखे सब साथे,
बापू जी के नाम अमर, हो गइले गाथे,
ईश्वर अल्ला एके नाम,ऐसा कहते थे बापू,
धर्म की एकता डोरी में नित,राम नाम का जापू,
के के कारुष बापू,सत्य खान हउवें।
पूरे भारत देशवा के,शान हउवें।।
कलम से✍️
कमलेश कुमार कारुष
मिर्जापुर

0 Comments